“आग -‍ एगो आँधी” चार गो बेरोजगार दोस्तन के कहानी ह


बेरोजगारी आजु एगो बड़हन सामाजिक समस्या बा. पढ़ला लिखला का बादो जब नवहियन के नौकरी नइखे मिलत त परिवार आ समाज के खोबसन सुनत सुनत बहुते बेरोजगार अपराध के पेशा बना लेबेलें. बाकिर तब उनका पता ना रहे कि एह दलदल में फँसल आसान बा बाकिर एकरा से बहरी निकलल मुश्किल. काहे कि अपराध के दुनिया से वापिस लवटे के कवनो राह ना होला.

डीजे मूवी इन्टरटेनमेंट का बैनर में बनल भोजपुरी फिल्म “आग -‍ एगो आँधी” के कहानी एही पर आधारित बा. अर्जुन आ ओकर चार गो दोस्त पढ़ला लिखला का बावजूद बेकार बाड़े. पइसा का तंगी का चलते अर्जुन के बहिन के शादी टूट जात बा. परिवार आ समाज के खोबसन से अकुता के अर्जुन आ ओकर दोस्त अपराध का दुनिया में चल जात बाड़े. जिनगी का एगो मोड़ पर अर्जुन के मुलाकात बेला से होत बा आ दुनु में प्यार पनप जात बा. तब अर्जुन के महसूस होखत बा कि ओकरा से एगो बड़हन गलती हो गइल बा. बाकिर तब ले बहुत देर हो चुकल बा आ समाज में वापसी के हर राह बन्द हो चुकल बा. काहे कि अपराध का दुनिया से वापसी के कवनो राह ना होला.

फिल्म में अर्जुन के किरदार पंकज केसरी आ बेला के किरदार ऋतिका शर्मा कइले बाड़ी. बाकी कलाकारन में जय यादव, अनारा गुप्ता, कुलदीप, शिवा पंडित, अविनाश रजक,सपना पान्डेय, फरीदा, राम सिंह, आ हीरा लाल यादव के नाम खास बा, कहानी आ निर्देशन रमाशंकर के ह, संगीत सिद्धार्थशालिनी के, गीत अरविन्द तिवारी आ अशोक सिन्हा के, नृत्य निर्देशन एंथोनी आ केदार सुब्बा के, कैमरा संचालन जगमिंदर ह्डल के, आ मारधाड़ हीरालाल यादव के बा. फिल्म के अधिकतर शूटिंग गुजरात के भुज में भइल बा जहाँ आमिर खान अपना फिल्म “लगान” के शूटिंग कइले रहलें, मुंबईओ के मनोरम लोकेशन पर कुछ दृश्य शूट भइल बा.


(स्रोत – समरजीत, उदय भगत)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।