रिंकू घोष भोजपुरी सिनेमा के रेखा कहाये लगली


भोजपुरी फिल्म “विदाई” के सफलता के बाद लोग रिंकू घोष के भोजपुरी सिनेमा के स्मिता पाटील कहत रहे आ आब उनका के भोजपुरी के रेखा कहल जा रहल बा. रिंकू घोष भोजपुरी सिनेमा के अकेला अभिनेत्री हई जिनका चुनौती वाली भूमिका करे में आनन्द मिलेला. भोजपुरी के तीन गो फिल्मन में रिंकू घोष रेखा जइसन किरदार कइले बाड़ी. जइसे “सुहाग” में ऊ “फूल बने अंगारे” वाला रेखा के झलक दिहली, त “मृत्युंजय” में “गजब” वाली रेखा के. “अवतार” फिल्मो में रिंकू के किरदार रेखा जइसन नायिका के रहे. अब नया बनत फिल्म “एख वरदान” में रिंकू घोष “मुकद्दर के सिकंदर” वाली रेखा के किरदार करत बाड़ी. एहसे जब फिल्म के मुहुर्त का मौका पर सभे लोग रिंकू के भोजपुरी सिनेमा के रेखा के खिताब दे दिहल त रिंकूओ चौंक गइली. रिंकू खातिर त ई सौभाग्य के बाति बा कि लोग उनकर तुलना रेखा से करत बा.
(स्रोत – शशिकांत सिंह)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..