आजु के खास खबर, बियफे 1 सितम्बर का दिने
  • राज्यसभा में महाभियोग के सामना कर चुकल कलकत्ता उच्च न्यायालय के न्यायाधीश सौमित्र सेन आजु बियफे का दिने इस्तीफा दे दिहले. अगिला हफ्ता उनुका लोकसभा में महाभियोग के सामना करे के रहल.
  • झारखण्ड में भोजपुरी आ मैथिली भाषी एह चलते दुखी बाड़े कि राज्य में एह दुनु भाषा के दुसरका भाषा के दरजा नइखे दिहल जात.
  • पटना आईआईटी के एगो छात्रा के बियफे का दिने छात्रावास का छत से गिरला से मौत हो गइल. पुलिस पता लगावत बिया कि ई हत्या हवे कि आत्महत्या.
  • भोपाल के शेहला मसूद हत्याकांड मामिला में भाजपा सांसद तरुण विजय से पूछताछ होखी. कांग्रेस चाहत बिया सीबीआई जांच.
  • इंगलैण्ड का साथे भइल बीसबिसा मैच में भारत छह विकेट से हारल.
  • गरीब मरीजन के मुफ्त इलाज करे का खिलाफ सुप्रीम कोर्ट में लगावल निजी अस्पतालन के अर्जी खारिज हो गइल.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।