बिहार में फिलिम सिटी बनावे के माँग फेरु उठल

बिहार में फिलिम सिटी बनावे के माँग एक जमाना से रहि रहि के उठत रहेला. कबो रवि किशन बात उठावेलें त कबो मनोज तिवारी त कबो केहू अउर. अब मशहूर बॉलीवुड अभिनेता मनोज बाजपेई माँग उठवले बाड़न कि बिहार में एगो फिलिम सिटी बनावल जाव जेहसे एहिजा के कलाकारन आ तकनीशियन के काम करे के मौका मिल सके. साथ ही कहलन फिलिमन के पायरेसी रोके खातिर हर राज्य के कदम उठावे क चाहीं. अबहीं हाल ई बा कि लोग सीडी पर फिलिम देखे के आदत बना लिहले बा आ एह चलते सिनेमाघर बन्द होखल जात बाड़ी सँ. मनोज बाजपेई के ई साक्षात्कार दैनिक जागरण में छपल बा.

भोजपुरी सिनेमा में अबहीं ले काम ना करे का सवाल पर मनोज बाजपेई के कहना रहल कि अबहीं ले कवनो स्क्रिप्ट अइसन ना मिलल जवना के सकारल जाव. अगर बढ़िया स्क्रिप्ट मिलल त जरूर भोजपुरीओ फिलिमन में काम करीहें.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।