सुप्रीम कोर्ट लालू के राहत दे दिहलसि

बिहार के मुख्यमंत्री रहल आ चारा घोटाला के आरोपी लालू प्रसाद यादव के सुप्रीम कोर्ट से अंतरिम राहत मिल गइल बा आ सुप्रीम कोर्ट झारखंड में सीबीआई के विशेष अदालत के मना कर दिहले बा कि 15 जुलाई के ऊ आपन फैसला मत सुनावे. लालू के एह बात पर आपत्ति बा कि सीबीआई अदालत के न्यायाधीश पी के सिंह बिहार के जदयू सरकार में शिक्षा मंत्री पी के शाही के रिश्तेदार हउवें आ एह चलते उनका से पक्षपात कर सकेलें. हाई कोर्ट एह बारे में लालू के शिकायत खारिज कर दिहले रहुवे त ऊ सुप्रीमकोर्ट चल गइलें जहाँ विशेष अदालत के आपन फैसला सुनावे से रोकत सुप्रीम कोर्ट लालू के याचिका पर विचार करे ला तइयार हो गइल.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।