फर्रूखाबाद छपरा एक्सप्रेस

पूर्वोत्तर रेलवे छपरा आ फर्रुखाबाद का बीच एगो नया एक्सप्रेस ट्रेन शुरु कइले बिया जवन फर्रुखाबाद से दुपहरिया एक बज के पैंतीस मिनट पर चली आ लखनऊ कानपुर होखत अगिला दिने सबेरे आठ बज के पैंतीस मिनट पर छपरा चहुँपी. लवटत में ई छपरा से साँझ सात बज के पाँच मिनट पर खुली आ अगिला दिने बारह बज के बीस मिनट पर फर्रूखाबाद चहुँपल करी. आजु एकर उद्घाटन करत केन्द्रीय विदेश मंत्री सलमान खुर्शीद कहलन कि आमान बदलला का बाद कासगंज बरेली रुट पर अउरिओ गाड़ी शुरु कइल जाई.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।