खाना पकावत में पचरुखिया गाँव के एगो औरत के मौत

सारण जिला के एकमा थाना के पचरुखिया गाँव में खाना बनावत घरी एगो औरत जर गइल. हादसा का बाद ओकरा के तुरते ले जा के एकमा के एगो नर्सिंग होम में भरती करावल गइल बाकिर ओकर खराब हालत देख डाक्टर ओकरा के पटना रेफर कर दिहलन. पटना जाए का राहे में ओकर मौत हो गइल. औरत के नइहर भरहोपुर ह आ नइहर के लोग ससुराल वालन पर केस दर्ज करा दिहले बा. ससुराल वाले एह घटना का बाद से फरार हो गइल बाड़े.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।