सोनिया से केकरा डर बा
-

राजनीति में कब के केने पलटी मार दी, कब के केकरा संगे चल दी बतावल ना जा सके. एक जमाना में लालू के हाथ रहल उनुकर सार साधू यादव उनकर साथ छोड़ के कांग्रेस के हाथ धर लिहलन. हाथ उनुका के बेतिया से टिकटो दिहलसि बाकिर साधू यादव जीत ना पवलें. अब अपना एगो संबंधी का समारोह मे अहमदाबाद चहुँपल साधू यादव के मुख्यमंत्री नरेन्द्र मोदी किहाँ से चाय के नेवता मिल गइल. साधू चाय पीए चहुँपलन आ करीब पौन घंटा ले दुनु जने में गुफ्तगु भइल. साथे दसईं चौधरीओ रहलन. मुलाकात का बाद साधू यादव नरेन्द्र मोदी के गुणगान करे में लाग गइल बाड़न. टोकला पर कि का डर नइखे लागत साधू कहलन कि सोनिया से केकरा डर बा.
हालांकि एह मुलाकात से बिहार भाजपा के लोग अचकचा गइल बा. कहले बा लोग कि मोदी जी के चाहीं कि बिहार के दोसरा दल के कवनो नेता से मिले से पहिले बिहार भाजपा से ओह नेता का बारे में जानकारी ले लेबे के चाहीँ.

0 Comments

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..