सोनिया से केकरा डर बा

राजनीति में कब के केने पलटी मार दी, कब के केकरा संगे चल दी बतावल ना जा सके. एक जमाना में लालू के हाथ रहल उनुकर सार साधू यादव उनकर साथ छोड़ के कांग्रेस के हाथ धर लिहलन. हाथ उनुका के बेतिया से टिकटो दिहलसि बाकिर साधू यादव जीत ना पवलें. अब अपना एगो संबंधी का समारोह मे अहमदाबाद चहुँपल साधू यादव के मुख्यमंत्री नरेन्द्र मोदी किहाँ से चाय के नेवता मिल गइल. साधू चाय पीए चहुँपलन आ करीब पौन घंटा ले दुनु जने में गुफ्तगु भइल. साथे दसईं चौधरीओ रहलन. मुलाकात का बाद साधू यादव नरेन्द्र मोदी के गुणगान करे में लाग गइल बाड़न. टोकला पर कि का डर नइखे लागत साधू कहलन कि सोनिया से केकरा डर बा.
हालांकि एह मुलाकात से बिहार भाजपा के लोग अचकचा गइल बा. कहले बा लोग कि मोदी जी के चाहीं कि बिहार के दोसरा दल के कवनो नेता से मिले से पहिले बिहार भाजपा से ओह नेता का बारे में जानकारी ले लेबे के चाहीँ.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।