गोरखपुर में सेना बहाली रैली के तइयारी पूरा

गोरखपुर:में सत्रह अगस्त से छब्बीस अगस्त ले चले वाला भरती रैली में 80 हजार से अधिका नवहियन के शामिल होखे के उमेद बा. रेलवे स्टेशन आ बस स्टेशन से भर्ती ग्राउंड ले चहुँपावे खातिर बस के इंतजाम कइल गइल बा. हर जिला के अभ्यर्थी ओह जिला खातिर नियत दिने हिस्सा ले सकीहें. दोसरा दिने आवे वाला अभ्यर्थियन के आगहूं खातिर प्रतिबंधित कर दिहल जाई. सेना के कहना बा कि सेना के बहाली में कवनो तरह के गड़बड़ी ना होखे आ सगरी प्रक्रिया पारदर्शी तरीका से होखेला. एहसे अभ्यर्थी कवनो दलाल का झाँसा में मत पड़सु. ग्राउंड से लेके शहरी इलाका तक में सीसीटीवी, वीडियो कैमरे लगावल गइल बा आ गड़बड़ी करे वालन के खिलाफ कड़ा कार्रवाइ कइल जाई.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।