पहिला चरण के मतदान आजु, सगरी तइयारी पूरा

बिहार विधानसभा चुनाव के पहिलका दौर के मतदान आजु होखे जा रहल बा. चुनाव आयोग अपना तरफ से चुनाव के सगरी तइयारी पूरा कर लिहले बा. बूथ से सीधे वेब स्ट्रीमिंग के व्यवस्था रही जवना से पूरा मतदान पर नजर राखल जाई. साथ ही वायुसेना के कई गो हेलीकाप्टर किराया पर लिहल गइल बा जवना से आसमान से नजर राखल जाई आ कतहीं कवनो गड़बड़ी ना होखे दिहल जाई.

आजु जवना खास लोग के भाग्य के फैसला जनता करे वाली बा ओह लोग में कांग्रेस के प्रदेश अध्यक्ष महबूब अली कैसर, रंजीता रंजन, लवली आनन्द, आ प्रदेश के मंत्री नरेन्द्र नारायण यादव शामिल बाड़े.

दोसरका दौर के चुनावो खातिर जोर शोर से प्रचार चल रहल बा. काल्हु मायावती बेतिया आ सिवान में अपना प्रत्याशियन खातिर प्रचार करत कहली कि बसपा के सरकार बनल त यूपी लेखा विकास कइल जाई.

रविकिशन के प्रवक्ता से मिलल समाचार का मुताबिक रविकिशन बिहार में कांग्रेस खातिर भीड़ जुटावे में लागल बाड़न आ उनकर प्रबाव देखत पार्टी उनका के अलगा से हेलीकाप्टर दिहले बिया. अबले ऊ करीब चालीस गो सभा संबोधित कर चुकल बाड़े आ उनका प्रचार कार्य से राहुलो गाँधी खुश बाड़े.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।