पहिला चरण के मतदान काल्हु हो गइल, दूसरका दौर अतवार का दिने
-

बिहार विधानसभा चुनाव के पहिलका दौर काल्हु मजगर सुरक्षा का बीचे बढ़िया से निबट गइल. एह दौर में पचपन फीसदी मतदाता वोट डललन. ४७ सीटन खातिर करावल गइल एह मतदान में ६३१ उम्मिदवारन के जीत हार के फैसला मतपेटी में बन्द हो गइल बा. एह में जदयू के २६, भाजपा के २१, राजद के ३१, लोजपा के १६, माकपा के ७ , भाकपा के ११, राकांपा के ३३, माले के १७, आ कांग्रेस के ४७ गो उम्मीदवार शामिल बाड़े.

चुनाव के दुसरका दौर खातिर प्रचार के काम आजु साँझ से बन्द हो जाई. तबले हर पार्टी आपन पुरा लाव लश्कर एह काम में लगा दिहले बा. अतवार का दिन होखे वाला दुसरका दौर के मतदान में शिवहर, सीतामढ़ी, दरभंगा, मुजफ्फरपुर, समस्तीपुर, आ पूर्वी चंपारन जिला में वोट डालल जाई. एह दौर में ४५ सीट के चुनाव होखे वाला बा.

पूरा खबर टटका खबर डॉटकॉम पर पढ़ीं

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts