गोरिया के गोरे गोरे गाल के प्रोमो रिलीज

पिछला दिने मुंबई के अँधेरी स्थित “ब्लू वाटर” में भोजपुरी फिल्म “गोरिया के गोरे गोरे गाल” के प्रोमो रिलीज कइल गइल. साथही साथ लेखक निर्देशक एस एस ललित के जन्मदिनो मनावल गइल. फिल्म के प्रोमो देखला का बाद मेहमान मौका पर आइल फिल्म के नायक उत्तम कुमार के ढेरहन बधाई दिहलन. उत्तम कुमार के ई दुसरका फिल्म ह. फिल्म में उनुका साथे लवी रोहतगी, रवि शंकर तिवारी, रीतू पान्डेय, मोनिका वर्मा, राज मेहता, नीरज, लिलिपुट, रमेश गोयल वगैरह कलाकार बाड़े. आयटम गर्ल सीमा सिंह के बिना त आजु कवनो फिल्मे नइखे बनत, से उहो बाड़ी. मौका पर टीम के उत्साह वर्धन खातिर फिल्म जगत के बहुते गणमान्य लोग मौजूद रहे.
(स्रोत – समरजीत, उदय भगत)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।