भोजपुरी सिनेमा का परदा पर चुलबुल आ पाण्डे
-

हाल ही के बहुचर्चित फिल्म “दबंग” में सलमान खान अभिनीत चुलबुल पाण्डेय के किरदार लोग के अतना पसन्द आइल बा कि अब भोजपुरी सिनेमा में ओकर देखा देखी वइसने किरदार पेश कइल जा रहल बा “चालबाज चुलबुल पाण्डे” में. फरक इहे बा कि भोजपुरी फिल्म में चुलबुल आ पाण्डेय दु गो अलगा अलगा आदमी बाड़े. आ दुनु के डबल रोल बा. अब एह चार गो मुख्य किरदार के साथ देबे खातिर छह गो नायिका बाड़ी एह फिल्म में. पिछला दिने निर्देशक बाबी सिंह के एह फिल्म के मुहुर्त एगो हाना रिकार्ड करवा के कइल गइल. फिल्म में बाबी सिंह नायको बनल बाड़न. बतावल जा रहल बा कि फिल्म के पूरा शूटिंग जम्मू काश्मीर में करावल जाई.
(स्रोत – उदय भगत)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts