करंट मारे गोरिया रिलीज खातिर तइयार बा
-


गया जिला के निवासी मनोज सिंह साल ८३ में इन्टर कइला का बाद मुंबई आ गइले आ एहिजा अशोक नारायण का संपर्क में अइला का बाद निर्देशन के राह धई लिहलन. डी रामाराव, मुकुल एस आनन्द, अफजल खान जइसन निर्देशकन के साथ बतौर सहायक काम कइला का बाद मनोज सिंह दूरदर्शन के धारावाहिक “अपराजिता”, आ “एक अर्धांगिनी” के स्वतंत्र निर्देशन कइले. तब से नाहियो त हजारन धारावाहिक एपिसोड के निर्देशन कर चुकल बाड़े. अब उनके निर्देशन में बनल भोजपुरी फिल्म “करंट मारे गोरिया” रिलीज होखे जा रहल बा. फिल्म नारी प्रधान बा जवना में चार गो नायिका आ तीन गो नायक बाड़े. चार गो नायिका में से एगो पुलिस इंसपेक्टर, एगो गाँव के गोरी, तिसरकी ताड़ी बेचे वाली आ चउथकी कालेजिया स्टूडेन्ट हिय. फिल्म में एगारह गो गाना बा आ करीब सब के सब आयटम साँग जइसन. एगो भक्ति गीत बा उहो डिस्को छाप. तबो मनोज सिंह के कहना बा कि फिल्म परिवार का साथे देखे लायक बा. फिल्म के ढेरे शूटिंग काश्मीर में भइल तबो लागत अस्सी लाख का आसपास पड़ल बा. मनोज सिहं अब एगो हिन्दी फिल्म बनावे जा रहल बाड़े.


(स्रोत – संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts