फर्जी तरीका से दोसरा का खाता से रुपिया निकाले वाला जालसाज गिरफ्तार
-

छपरा 26 अक्टूबर (वार्ता) सारण जिला के दिघवारा इलाका से पुलिस एगो जालसाज शैलेन्द्र कुमार के गिरफ्तार क लिहलसि.

पुलिस सूत्र बतवले कि जालसाज शैलेन्द्र कुछ दिन पहिले भारतीय स्टेट बैक के दिघवारा शाखा से झँउवा गाँव के पंचायत सेवक राम प्रवेश राय के खाता से फर्जी तरीका से नौ लाख 18 हजार रूपिया अपना खाता मे ट्रांसफर करा लिहलसि आ ओकरा बाद अपना एटीएम कार्ड से आठ लाख रूपिया निकालिओ लिहलसि.

एह बात के जानकारी मिलला का बाद पुलिस सीसीटीवी फुटेज के आधार पर छानबीन कइलसि. आ छानबीन के बाद शैलेन्द्र के गिरफ्तार क लिहलसि. पूछताछ में शैलेन्द्र सकारिओ लिहलसि कि हँ ऊ फर्जी तरीका से एटीएम कार्ड के माध्यम से निकासी कइले बा.

0 Comments

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..