बिजली करंट से दू गो नवही मरले

गोरखपुर.27 अक्टूबर (वार्ता) गोरखपुर जिला के खोराबार थाना क्षेत्र मे बिजली के तार के चपेटा में आ के दू गो नवहियन के मौत हो गइल आ एगो के हालत खराब बा.

पुलिस बतवलसि कि खोराबार इलाका के खिसरवनिया चौराहा का लगे पचीस साल के चन्दन, तैंतीस साल के राम दास, आ सुजीत बेकार खडा बिजली के खम्भा हटावे खातिर खोनत रहले. तबहिए खम्भा का उंपर से 11 हजार बोल्टज के तार छूआ गइल आ तीनो गम्हीराहे झँउस गइले. इलाज खातिर तीनो के अस्पताल चहुँपावल गइल जहां डाक्टर चन्दन आ रामदास के मृत बता दिहलन. दुनु चचेरा भाई रहलन.

गम्हीराहे जरल तिसरका मजदूर के इलाज अस्पताल मे चलत बा.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।