दू गो लईकी पोखरा में डूबली सँ

जौनपुर 27 अक्टूबर (वार्ता) जौनपुर जिला के मडियाहूं इलाका के मईडीह गांव मे तालाब मे डूबला से दू गो लइकियन के मौत हो गइल.

पुलिस बतवलसि कि तालुकदार के सतरह साल के बेटी निशा आ सूबेदार के सोरह साल के बेटी नीला.सबेरे गांवे के बधवांताल मे तिन्नी के चावल झारे गइल रहली. ओह तालाब में कुबेरा के फूल फूलाइल देख दुनु फूल तूडे आगे बढली आ गहिरा पानी में डूबला से दुनु के मौत हो गइल.

दुनु के लाश पोखरा से निकाल के पोस्टमार्टम खातिर भेज दिहलसि पुलिस.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..