बलिया के बंटवारा ला बेल्थरा रोड के लोग बेताब

बलिया जिला के बँटवारा क के बेल्थरा रोड के नया जिला बनावे का उमेद मे बेल्थरा रोड के लोग जमाना से बेताब बा. लागत बा कि अब एह लोग के इंतजार के घड़ी खतम होखे वाला बा आ जल्दिए बेल्थरा रोड के जिला बना दिहल जाई.

एह काम खातिर दबाव बनवले एहिजा के विधायक गोरख पासवान का पहल पर बलिया के डीएम मऊ आ देवरिया जिलन से रिपोर्ट मँगवले बाड़न. एह जिला मे कवना कवना गाँव के राखल जाव एह बाबत गुणा भाग शुरु हो गइल बा. रसड़ा तहसील मे पड़ेवाला ओहू गाँवन के बेल्थरा मे शामिल करावे के कोशिश हो रहल बा जवन बेल्थरा रोड विधानसभा मे पड़ेले.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।