नारी शक्ति दिअवले जात बिया पदक पर पदक


अब मनु भाकर दिअवली भारत के छठवां स्वर्ण पदक
भारत के 16 बरीस के जाबांज निशानेबाज बेटी मनु भाकर शूटिंग में 240.9 अंक पा के राष्ट्रमंडल खेल के एगो नयो रिकार्डो बना दिहले बाड़ी. उनुका 10 मीटर पिस्तौल प्रतिस्पर्धा में आजु अतवार का दिने स्वर्ण पदक हासिल भइल बा.
दुहरा खुशी के बाति इहो रहल कि एह प्रतिस्पर्धा में दुसरको जगहा भारते के बेटी हीना सिधु रहली जे 234 अंक बनवली.
21वां राष्ट्रमंडल खेल में भारत के ई पहिला स्वर्ण पदक ह जवन भारोत्तोलन से फरका कवनो दोसरा खेल में मिलल बा. एह पदक का साथही भारत अबले छह गो स्वर्ण जीत चुकल.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।