जर्मनी के वित्त मंत्री खुदकुशी कइलें ?

क्रिश्चियन डेमोक्रेटिक यूनियन ऑफ जर्मनी के एगो नेता आ जर्मनी के वित्त मंत्री थामस शेफर के लाश रेल लाइन का किनारे मिलल का बाद ओहिजा के सरकार अनेसा जतवले बिया कि कोरोना वायरस से उपजल हालात से परेशान रहलन शेफर आ हो सकेला कि एही अवसाद का चलते ऊ आपन जान दे दिहलन.

22 फरवरी 1966 के जनमन थामस शेफर वकील रहलन आ सरकार में 1999 से मंत्री रहलन.

एही 27 मार्च का दिने ऊ कोरोना प्रभावित लघु उद्यमियन ला आर्थिक सहायता के एलान करत कहले रहलन कि कोरोना का खिलाफ लड़ाई पर धन के तंगी के असर ना पड़े दीहल जाई.

थामस शेफर अपना पीछे एगो बेटी आ एगो बेटा छोड़ गइल बाड़न. उनुकर लाश 28 मार्च का दिने कोलान फ्रैंकफर्ट हाई स्पीड रेल लाइन का किनारे मिलल.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।