– डॉ. कमल किशोर सिंह

डर बहुरुपिया बनि के आवे,
हरदम दिल दुआरी पे.
कइसे जान बचाईं आपन,
कतना चलीं होशियारी से?

चिकन चेहरा से हम डरीं
की बढ़ल केश मूँछ दाढ़ी से?
भय भगवान से केकरा नइखे,
काहे ज्यादा भय पुजारी से ?

पढ़ल लिखल लोगन से डरीं
की गँवई, अपढ़, अनाड़ी से ?
मईल, कुचैल, निकपडी से
की डरीं सूट-बूट धारी से ?

निर्धन भूखा मजदूर से डरीं
की ठाकुर सेठ पटवारी से ?
चोर-लूटेरा से हम डरीं
की आरक्षक अधिकारी से ?

कागज़ कलम कानून से डरीं
की हसली हल कुदारी से ?
पुलिस सिपाही से हम डरीं,
की डरीं नक्सलबाड़ी से ?

सोचतानी – डरीं हम दवाई से
की बचीं हम बीमारी से ?


डा॰कमल के पहिले प्रकाशित रचना

1 Comment



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।