बहुत भाग्य से अइसन मौका मिलेला

दुनिया भर के हिन्दुवन ला गौरव के ऊ क्षण आवे वाला बा जवना ला पूरा हिन्दू समाज पिछला पाँच सौ बरीस से तिकवत रहुवे.

भारत का इतिहास में ई दिन सबले महत्वपूर्ण होखी जब हमनी के आराध्य भगवान श्रीराम के विग्रह के प्राण-प्रतिष्ठा अयोध्या में बन रहल श्रीराम मंदिर में कइल जाई

एह निमित्त श्रीराम जन्मभूमि ट्रस्ट के महामंत्री चंपत राय,मंदिर निर्माण समिति के अध्यक्ष नृपेंद्र मिश्र, कोषाध्यक्ष स्वामी गोविंददेव गिरि का साथही ट्रस्ट के सदस्य उडुप्पी पीठाधीश्वर स्वामी विश्वेष प्रसन्नतीर्थ आजु भारत के प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी से भेंट क के उनुका के नेवतल लोग कि श्रीरामलला प्राण प्रतिष्ठा महोत्सव में 22 जनवरी 2024 के आ के रउरा विधि-विधान के साथे भगवान श्रीराम के नयका विग्रह के प्राण-प्रतिष्ठा कराईं.

प्रधानमंत्री मोदी एह निमन्त्रण के खुशी से स्वीकार क लिहनी आ अपना एक्स (ट्वीटर)अकाउन्ट पर एकर उल्लेखो कइले बानी –

हमनिओ के ई सौभाग्य बा कि अपना जिनिगी में एह महान अवसर के साक्षी बनब जा. भगवान श्रीराम भारत के ऊ पुरनका गौरव दिवाईं जवना ला हमनी का एक जमाना से प्रार्थना करत आइल बानी जा.

जय श्रीराम !

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।