जब गुजरात के मुसलमान भाजपा के वोट दे सकेलें त बाकीओ देश के मुसलमान काहे ना

आजु दिल्ली में भाजपा के चुनाव अभियान समिति के बइठका में भाजपा के सगरी नेता मौजूद रहलें. एहमें अध्यक्ष राजनाथ सिहं, पुरनिया नेता लालकृष्ण आडवाणी. लोकसभा में नेता विपक्ष सुषमा स्वराज आ राज्यसभा में नेता विपक्ष अरुण जेटली समेत सगरी बड़का नेता मौजूद रहलें. बइठक के अध्यक्षता गुजरात के मुख्यमंत्री नरेन्द्र मोदी कइलन. बइठक में मोदी के कहना रहल कि जब गुजरात के एक चउथाई मुसलमान भाजपा के वोट दे सकेलें त बाकीओ देश में मुसलमानन के वोट भाजपा के मिल सकेला. जरूरत बा एह ला सक्रिय कोशिश करे के आ समाज के हर वर्ग के सहयोग लिहला के जरुरत बा. नरेन्द्र मोदी कहलन कि देश में कांग्रेस विरोधी लहर बहत बा आ अइसना में भाजपा के चाहीं कि अपना जनाधार के बढ़ावे में कमर कस के लाग जाव. हर बूथ ले एह तरह के कोशिश होखे के चाहीं.

भाजपा प्रवक्ता प्रकाश जावडेकर बतावत बाड़ें कि बइठक में अपना उद्घाटन भाषण में पार्टी अध्यक्ष राजनाथ सिंह दावा कइलन कि अगिला लोकसभा चुनाव में भाजपा अकेले अपना बल पर बहुमत लायक जरूरी 272 सीट जीत ले आई.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।