पामेला के भोजपुरी सिखावत रहले मनोज तिवारी

हालीवुड तारिका पामेला एंडरसन के “बिग बॉस” का घर में हिंदी सिखावे के जिम्मेदारी मनोज तिवारी के सँउपल गइल त सगरी सदस्यन सहित पामेलो खुश हो गइली. मनोज तिवारी अतना बढ़िया से सिखवले कि पामेला एंडरसन मन लगा के हिन्दी सीखत बाड़ी आ हिन्दी बोलतो बाड़ी.

सलमानो खान पामेला के हिन्दी सुन के अचरज जतवलें आ पामेला के हिंदी सिखावे खातिर मनोज के धन्यवाद दिहलें. मनोज तिवारी अब एह फेर में लागल बाड़े कि पामेला के भोजपुरियो सिखा देस जेहसे कि भोजपुरी बेसी से बेसी प्रचार प्रसार हो सके. मनोज के कहना बा कि ऊ पामेला से भोजपुरी बोलवाइये के रहीहें.

मनोज तिवारी महाबली खली के हारमोनियम, ढोलक, आ बाँसुरी बजावलो सिखा रहल बाड़े. खली के कहना बा कि मनोज तिवारी उनकर जिगरी दोस्त बन गइल बाड़न आ अइसनका दोस्त पर उनका नाज बा. अब “बिगबॉस” के घर से बाहर निकलला का बाद पामेला भोजपुरी बोलत बतियावत आ खली हारमोनियम आ बाँसुरी बजावत लउकस त अचरज के बाति ना होखी.

वइसे मनोज तिवारी के मृदुलता का बारे में कहल जाले कि भोजपुरी के एह मेगा स्टार के खासियत हऽ कि ऊ केहू के आपन बना लेलें.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।