अंजोरिया के दुसरका जनम

अंजोरिया के दुसरका जनम

 

रोज रोज ना सही हप्तो महीना ना आ पवला के अफसोस अंजोरिया आ भोजपुरी के एगो प्रेमी के बहुते भइल. कहलन कि ई का कि रउरा अंजोरिया बन्द करे के फैसला कर लिहनी आ हमरा से एको बेर बतवनी ना !

हम कहनी कि पिछला दू महीना से ई कहानी कहे लागल रहीं बाकिर केहू सुनेवाला ना मिलल. कम से कम सौ गो भोजपुरिया साहित्यकारन आ प्रेमियन का संपर्क में रहल बानी बाकिर केहू माला उठावे के तइयार ना रहल से केहू हमरा से पूछबो ना कइल कि का कइला से अंजोरिया के जियतार राखल जा सकेला ?

खैर ई अंजोरिया प्रेमी सचहूं के भामाशाह निकललन. कहलन कि रउरा अंजोरिया के होस्टिंग के चिन्ता मत करीं. ई पक्ष ऊ सम्हार लीहन आ हो सकी त बाद में एकर अउरिओ जिम्मेदारी ले लीहें, बाकिर अबहीं ना. जतना दिन ले हो सके हम एकरा में सामग्री जोड़त रहीं. बाद के बाति बाद में देखल जाई.

त पनरह दिन के गरहन का बाद फेरू अंजोरिया अंजोर हो गइल. पता ना रउरा सभे के नीक लागल कि ना. होखे के ईहो हो सकेला कि फेर आ गइल. भोजपुरी के वेबसाइटन के, चैनलन के, पत्र-पत्रिकन के जम्हुआ छुवे के एगो लमहर परम्परा बन गइल बा. अंजोरिया के 21 बरीस में पता ना कतना नया नया वेबसाइट अइली सँ, महुआ आ ओकरा बाद कई एक गो टीवी चैनलो अइली सँ बाकिर आम भोजपुरियन के अइसन छोह होला भोजपुरी से कि ऊ लोग चाहे ना कि ई सब चलत रहे. खैर. गरहन खतम भइल त हम आभारी बानी अपना नयका भामाशाह के. अफसोस बा त बस इहे कि उनुका बारे में हम रउरा के बता ना सकीं. बहुते आभार उनुकर.

हमरा अब सतोष बा कि केहू अउरिओ आ गइल जे एह मशाल के आगे ले जात रही.

रउरा सभे के अभिनन्दन.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।