पाठकन के राय सिर माथे

काल्हु से अँजोरिया पर पोल करावल शुरु गइल बा. चूंकि ई नया प्लगइन बा हो सकेला कि कुछ दिक्कत सामने आवे. बाकिर रउरा सभे से निहोरा बा कि रोज आपन वोट डाले के आदत डाल लीं. एहसे पता चलत रही कि अँजोरिया के पाठक समुदाय के आपन पसन्द का बा. कवनो जरुरी नइखे कि रोज राजनीतिके सवाल रही. बाकिर पोल के स्वभाव इहे होला कि ओह दिन का ज्वलन्त मुद्दा पर अपना पाठकन के राय जानल जाव. पोल के परिणाम रउरा सभकर राय पर देख सकीलें.

दोसरे एगो अउरी निहोरा बा कि यदि संभव होखे त ट्विटर पर अँजोरिया के फॉलो करे के शुरुआत कर दीं. रउरे सभ का भरोसे अतना लागल रहीलें.

संपादक, अँजोरिया

4 Comments

  1. omprakash amritanshu

    प्रणाम !
    एगो निहोरा बा कि हम ‘अँजोर दुनिया ‘ के पासवर्ड भुला गईल बानी . कृपया करके भेज दिहल जाव.
    राउर
    ओ.पी.अमृतांशु

  2. OP_Singh

    अमृतांशु जी,

    रउरा प्रश्न के जवाब हम एहसे एहिजा दे रहल बानी कि रउरे तरह के समस्या दोसरो के हो सकेला. वर्डप्रेस इस्तेमाल करे वाला कवनो वेबसाइट पर अगर रउरा पासवर्ड भुला जाईं त दुबारा लाग इन करत घरी “” पर क्लिक कर के आपन इमेल डाल दीं. ओहिजा राउर पासवर्ड भेज दिहल जाला.

    एक बेर जब पासवर्ड मिले त अपना प्रोफाइल पेज पर जा के आपन पासवर्ड सुविधा से याद राखे लायक बना लीं.

    आशा बा राउर काम हो जाई.

    सप्रेम,
    राउर
    संपादक, अँजोरिया

  3. srijay prakash

    bahut nik lagal ki apno bhasa ke site ba

  4. d

    ajoria ka h btaw tani

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।