(मंगल, 27 दिसंबर)
- विधान सभा चुनाव के मद्दे नजर राज्य के सगरी शराब उत्पादक, ठेकेदार आ विक्रेता से रोज के उत्पादन आ बिक्री के आंकड़ा ले के आबकारी विभाग के वेबसाइट पर डालल जरूरी कर दिहल गइल बा. सगरी होर्डिंग आ बैनर के हटावे उतारे के काम शुरू कर दिहल गइल बा.
- भाजपा आ जदयू के बीच सीट संख्या पर एकराय ना बन पवला का चलते बातचीत टूट गइल बा. जदयू नेता शरद यादव कहले बाड़न कि या त जदयू यूपी में चुनाव ना लड़ी या राज्य ईकाई का राय से अगिला फैसला ली. भाजपा जदयू के बाइस गो सीट देबे के तइयार बिया जबकि जदयू बेसी सीट माँगत बिया.
- बसपा सरकार में मंत्री रहल बाबू सिंह कुशवाहा आ अनन्त मिश्रा के नई दिल्ली में सीबीआई मुख्यालय पर बोलवा के पूछताछ शुरू कर दिहल गइल बा. पूछताछ बुधो का दिन जारी रही.
- उत्तर प्रदेश सरकार विधानसभा चुनाव से पहिले निकाय चुनाव ना करावे के अपना योजना में त सफल हो गइल बिया बाकिर निर्वाचन आयोग के बूझात नइखे कि निकाय चुनाव करावल कब जाव काहे कि फरवरी में विधानसभा चुनाव के घोषणा हो गइल बा आ मार्च में बोर्ड के परीक्षा होखे जात बा.
- समाजवादी पार्टी अब अपना उम्मीदवारन में अउरी फेर बदल ना करी. सपा साफ कर दिहलसि कि जवन हो गइल तवन हो गइल. अब बस !
0 Comments