सखी के बियाह फिलिम के एडिटिंग पूरा भइल
-

रॉयल फिल्म्स एंटरटेनमेंट का बैनर तर बनत भोजपुरी फिलिम – सखी के बियाह – के एडिटिंग पूरा हो गइल बा आ अब डबिंग के काम शुरु भइल बा.
एह फिलिम के केंद्रीय भूमिका में पॉपुलर अदाकारा भोजपुरी क्वीन रानी चटर्जी आ गायक से नायक बनल सुनील सागर के रोमांटिक बावे. निर्माता हउवें पवन कुमार महतो आ निर्देशक नन्द किशोर महतो. कार्यकारी निर्माता विजय मौर्या आ सुनील शर्मा हउवें.
कथा, पटकथा, संवाद, आ गीतकार हउवें सत्यप्रकाश मिश्र ’बैरागी, संगीतकार ओम झा, छायांकन कइले बाड़न एस जहांगीर, नृत्य निर्देशक संजय कोर्बे, अउर कला निदेशक हउवें राम बाबू.
खास कलाकारन में रानी चटर्जी, सुनील सागर का साथे दीपक सिंह, अर्चना प्रजापति, गोपाल राय, बृजेश त्रिपाठी, माया यादव, भास्कर ताठे, अनूप लोटा, मनी सम्राट, स्वीटी सिंह वगैरह आ आईटम सांग सीमा सिंह के बा.


(रामचन्द्र यादव)

0 Comments

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..