दीवाना 2 का बाद फेरु लउकल रिषभ कश्यप गोलू के जलवा

भोजपुरी सिनेमा के सबले खूबसूरत आ टैलेंटेड हीरो रिषभ कश्यप गोलू के जलवा एक बेर फेरु मुंबई में प्रदर्शित उनुकर फिलिम ‘तू ही तो मेरी जान है राधा 2’ में देखे के मिलल बा. दीवाना 2 में देखनिहारन के आपन दीवाना बना चुकल रिषभ कश्यप गोलू के ई फिलिम बिहार में धमाल मचवला का बाद अब मुम्बईओ में धूम मचवले बा. गोलू एह फिलिम से खूब रातीफ बिटोरले बाड़न देखे वालन से.
गोलू एहसे पहिलहूं ‘तू ही तो मेरी जान है राधा’ अउर ‘दिवाना 2’ से देखा वालन के भरपूर मनरंजन कइले रहलन. गोलू के एगो अउर फिलिम निर्देशक सुब्बा राव के ‘सुनो ससुर जी’ जल्द्ए रिलीज होखे बाली वा. निरहुआ रिक्शावाला फेम निर्देशक दिनकरो कपूर के फिलिम ‘राजा के रानी’ में गोलू के अभिनय के आनंद मिले वाला बा.


(रामचन्द्र यादव)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।