जब मल्लाहन का बस्ती चहुँपली भोजपुरिया हॉट केक अंजना सिंह

भोजपुरी सिनेमा के हॉट केक अंजना सिंह एह घरी अक्सर मल्लाहन का बस्ती में लउकेली आ उहो अपना भाई रविंद्र संकरन संगे. सोचे लगनी नू कि कवना फिलिम के बात होखत बा?

दरअसल अंजना सिंह मशहूर निर्माता आलोक कुमार आ निर्देशक प्रेमांशु सिंह क फिल्म “देवरा पे मनवा डोले” में एगो मजगर भूमिका में बाड़ी. १० मई के रिलीज़ होखे जात एह फिलिम में उनुका साथे खेसारी लाल आ स्मृति सिन्हा बाड़ी. अंजना सिंह के मुताबिक “देवरा पर मनवा डोले” में उनुकर भूमिका एगो अइसन मल्लाहिन के बा जे याददाश्त खो चुकल खेसारी लाल से दिल लगा लेत बाड़ी.

फिल्म में कई गो मधुर गाना आ रोमांटिक सीन अंजना सिंह अउर खेसारी लाल पर फिल्मावल गइल बा. अंजना के भाई बनल बाड़े रविंद्र संकरन जे बिहार में आई पी एस बाड़ें. अभिनय से लगाव का चलते ऊ दक्खिन भारतीय होखला क बावजूद भोजपुरी फिलिम में अभिनय कइले बाड़े.

अंजना सिंह के अनेके फिलिम प्रदर्शन खातिर तइयार बाड़ी सँ जवनन में “दिल ले गइल ओढनिया वाली”, “एक बिहारी सौ पे भारी”, “वर्दी वाला गुंडा”, “लावारिस” वगैरह शामिल बा. एकरा अलावे उनुकर लगभग आधा दर्जन फिल्म पोस्ट प्रोडक्शन स्टेज में बा. मात्र एक साल पहिले भोजपुरी फिल्म में डेग धरे वाली अंजना आज दर्शक, निर्माता, निर्देशक अउर फिल्म वितरक सबही के पसंद बन गइल बाड़ी. .


(उदय भगत के रपट)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।