दिल्ली में भाजपा के नेता लोग गिरफ्तार कर के फेर छोड़ल गइल

हिंदू आतंकवाद के बाति कहे वाला गृह मंत्री शिंदे का खिलाफ आजु भाजपा के बड़का नेता दिल्ली में प्रदर्शन कइलें. ओह लोग के कहना बा कि आजादी का बाद से आजु ले आतंकवाद खातिर कबो कवनो मजहब के नाम ना लिहल गइल बाकिर शिंदे बिना कवनो सुबूत हिंदू आतंकवाद के नाम लेके संघ, भाजपा आ हिंदूवन के बदनाम करे के काम कइले बाड़न जवना ला उनुका सभका से सार्वजनिक माफी माँगे के चाहीं आ आपन बात वापस लेबे के चाहीं. पुलिस एह लोग के गिरफ्तार कर के कुछ देर बाद छोड़ दिहलसि.
भाजपा के कहना बा कि जबले शिंदे माफी ना मँगीहें तबले संसद चलावल मुश्किले होखी सरकार खातिर.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।