भागलपुर में नाव पलटला से दस लोग डूबल

बिहार के भागलपुर जिला के पीरपैंती में रानी दियारा घाट पर काल्हु एगो नाव पलट गइल जवना चलते ओह पर सवार लोग में से दस जने के डूबला से मौत हो गइल. डूबे वालन में नौ गो औरत आ एगो तीन महीना के लइका रहुवे. बिहार सरकार मृतक के परिवारन के दू दू लाख रुपिया के सहायता अनुदान देबे के एलान कइले बिया. नाव पर तीस लोग सवार होके फसल कटाई क काम करे जात रहुवे. एही बीच नाव का पेंनी में छेद से पानी भरे लागल.बाकी लोग त पवंड़ के निकल आइल बाकिर ई दस लोग डूब गइल. एह में चार गो त एके परिवार के रहे लोग.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।