जनकवि भिखारी ठाकुर लोक साहित्य एवं संस्कृति महोत्सव २०१२

bhikhari-thakurभोजपुरी के कालजयी जनकवि आ रंगकर्मी स्व॰ भिखारी ठाकुर के १२५ वीं जयन्ती के शुभ अवसर पर गंगा सरयू सोन के धवल धार के संगम तट पर उनुकर जनमभूमि भिखारीधाम, कुतुबपुर में एगो महोत्सव १८ दिसंबर २०१२ के मनावल जाई.

एह महोत्सव में भिखारी ठाकुर रचित नाटकन के मंचन, स्मारिका के विमोचन आ भोजपुरी कलाकारन के भिखारी ठाकुर सम्मान २०१२ से सम्मानित करे के कार्यक्रम होखी.

एह आयोजन के अध्यक्ष ललन राय आ सचिव कृष्ण कुमार वैष्णवी हउवें.

समारोह के उद्गाटन सारण जिलाधिकारी विनय कुमार करीहें. विधायक विनय बिहारी मुख्य अतिथि आ छपरा के एसडीओ विनय कुमार पांडेय विशिष्ट अतिथि रहीहें.

कार्यक्रम सबेरे १० बजे स्व॰ भिखारी ठाकुर के नाट्यमंडली मंगलाचरण से करी आ भिखारी ठाकुर के फोटो पर माला डालल जाई. सवा दस बजे कार्यक्रम के उद्घाटन दिया जरा के कइल जाई. स्मारिका के विमोचन का बाद वक्ता लोगन के भाषण होखी. दिन साढ़े एगारह बजे से नाटकन के मंचन शुरू होखी.

साँझ चार बजे से सम्मान समारोह आ सांस्कृतिक कार्यक्रम के शुरुआत होखी.

कार्यक्रम स्थल चहुँपे खातिर सड़क मार्ग से पटना कोईलवर होत बबुरा से भिखारी धाम जाए होखी भा छपरा के भिखारी मोड़ से गंगा पुल घाट जा के नाव से गंगा पार कर के ओहिजा चहुँपल जा सकेला.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।