अक्षर सम्मान समारोह

भोजपुरी दिशा बोध के पत्रिका “पाती” का तरफ से एह अतवार, १७ मार्च २०१३ के दिन में एगारह बजे से बलिया के कुँवर सिंह इन्टरमीडिएट कॉलेज के स्टॉफ हॉल में एगो सारस्वत साहित्यिक आयोजन होखे जात बा. एह आयोजन में भोजपुरी के कविगण आनन्द संधिदूत आ शंभुनाथ उपाध्याय के आ कहानीकार राजगुप्त आ विष्णुदेव तिवारी के “अक्षर सम्मान” से सम्मानित कइल जाई.

पूर्व प्राचार्य डा॰ श्रीराम सिंह एह आयोजन के अध्यक्षता करब.

एह कार्यक्रम में रमेशचन्द्र के कहानी संग्रह “चिमनी के धुँआ” के विमोचनो कइल जाई आ दुसरका सत्र में होखे वाला कवि गोष्ठी में मिर्जापुर से आइल आनन्द संधिदूत, वाराणसी से आइल डा॰ प्रकाश उदय, मऊ से आइल दयाशंकर तिवारी आ डा॰ कमलेश राय, गाजीपुर से आइल मिथिलेश गहमरी आ अक्षय कुमार पाण्डेय, आ पटना से आइल भगवती प्रसाद द्विवेदी समेत अनेके कवि आपन कविता पाठ करीहें.

सगरी भोजपुरी प्रेमियन के एह आयोजन में नेवतत डा॰ अशोक द्विवेदी, संपादक पाती, जानकारी भेजले बानी.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।