भोजपुरी सिटी सिने अवार्ड समारोह

Aftab Shivdasani and Aditi Govatrikar at the conferenceभोजपुरी फिल्मोद्योग के प्रतिष्ठित पत्रिका भोजपुरी सिटी अब एह साल से आपन अवार्ड समारोह करे जा रहल बा. फिल्मफेयर अवार्ड का तर्ज पर आयोजित होखे जा रहल भोजपुरी फिल्मोद्योग के एह पहिलका अवार्ड समारोह के आयोजन २ जून के मुंबई का लोखंडवाला गार्डेन में कइल जाई. एह बाति के घोषणा भोजपुरी सिटी पत्रिका के संरक्षक किशन खदरिया पिछला दिने मुंबई के रहेजा क्लासिक क्लब में बोलावल एगो पत्रकार सम्मेलन में कइलन. साथे रहलें भोजपुरी सिनेमा के जानल मानल सितारा राकेश पाण्डेय, अभिनेता आ गायक मनोज तिवारी मृदुल, गायक पद्मश्री उदित नारायण झा, निर्माता आ वितरक अभय सिन्हा, सहारा मीडिया के रुबल दत्ता, राज आयल के मानवेन्द्र गोखले वगैरह.

अवार्ड के ट्राफी के अनावरण आफताब शिवदासानी आ अदिति गोवत्रिकर का हाथे करावल गइल. किशन खदरिया बतवले कि एह अवार्ड में पिछला साल २०१० में शामिल सगरी भोजपुरी फिल्मन के शामिल कइल गइल बा. निर्णायक मण्डल के अध्यक्ष रहीहें राकेश पाण्डेय.

एह सम्मेलन का मौका पर निर्माता दुर्गा प्रसाद, रामाकान्त प्रसाद, अभिनेता शैलेश लोढ़ा, निर्देशक राजकुमार आर पान्डेय, असलम शेख, हैरी फर्नाण्डीज, जगदीश शर्मा, अभिनेता विनय आनन्द, प्रवेश लाल यादव, पंकज केसरी, अभिनेत्री रानी चटर्जी, अनारा गुप्ता, लवी रोहतगी, ब्रजेश त्रिपाठी, भोजपुरी सिटी के अखिलेश कुमार, फिल्म प्रचारक प्रशांतनिशांत, उदय भगत, शशिकांत सिंह, आ समरजीत मौजूद रहले.

एह अवार्ड समारोह में भोजपुरी के दिग्गज कलाकार आपन रंगारंग प्रस्तुति दीहें.


(स्रोत – प्रशान्त निशान्त)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।