प्रतिभा सिंह के मिली भिखारी ठाकुर सम्मान

भोजपुरी के मशहूर गायिका आ जानल मानल अभिनेत्री प्रतिभा सिंह के आजु २७ मार्च के आरा में भिखारी ठाकुर सम्मान-2010 से सम्मानित कइल जाई. उनका के ई सम्मान भिखारी ठाकुर सामाजिक शोध संस्थान, भोजपुर, का तरफ से दिहल जाई.
संस्थान के अध्यक्ष नरेन्द्र सिंह बतवले बाड़न कि 27 मार्च के साँझ आरा में एगो भव्य संगीत समारोह आयोजित हो रहल बा आ ओहिमें ई सम्मान प्रतिभा जी के दिहल जाई. कोलकाता में रहे वाली गायिका प्रतिभा सिंह पिछला दसियन साल से भोजपुरी गायकी में आपन खास जगह बनावे में कामयाब रहल बाड़ी. उनकर एक दर्जन से बेसी कैसेट आ सीडी एचएमवी, सारेगामा, प्राइम, न्यू विक्टोरिया अउर स्काई का तरफ से जारी कइल गइल बा. हाल ही में ऊ अभिनय आ पार्श्व गायन का दुनिया में डेग धइले बाड़ी आ ‘भाई होखे त भरत नियन’, ‘बहिना तोहरे खातिर’ वगैरह फिल्मन में काम कर चुकल बाड़ी. कुछ अउरियो फिल्मन में ऊ गायन आ अभिनय कर रहल बाड़ी जवना में ‘आई हो दादा’ आ ‘माटी मांगे खून’ खास बाड़ी सँ.
प्रतिभा बलिया जिले के रोहुआं-तिवारी गांव के  रहे वाली हई आ शास्त्रीय संगीत के विधिवत तालीम लिहले बाड़ी. देश भर में सैकड़ों स्टेज शो कर चुकल प्रतिभा के एकरा पहिले आकांक्षा संस्कृति सम्मान मिल चुकल बा. उनकर कार्यक्रम आ इंटरव्यू ईटीवी, महुआ, ताजा़ टीवी, अहिंसा, दूरदर्शन वगैरह पर आवत रहेला.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।