सलमान खान के राह धइलन सुदीप पाण्डे
भोजपुरी सिनेमा के एक्शन स्टार कहाये वाला अभिनेता सुदीप पाण्डे अब सलमान खान का नक्शे कदम पर चलल शुरु कर दिहले बाड़न. अपना मसल्स आ बॉडी देखावे वाला सुदीप पाण्डे अब फिल्म के कहानियो लिखल शुरु कर दिहले बाड़े. अपना प्रोडक्शन कंपनी रामजी फिल्म्स प्रा॰लि॰ का बैनर में बने जा रहल फिल्म कुर्बान के कहानी उहे लिखले बाड़न आ अभिनेतो उहे बाड़न. जइसे कि फिल्म वीर के कहानी सलमान के लिखल रहे आ हीरोओ उहे रहलें.
हैदराबाद में बनावल गइल एह फिल्म के निशी चौबे आ सुदीप पाण्डे मिल के बना रहल बाड़े आ निर्देशन फनी राज के हऽ. कलाकारन में सुदीप पाण्डे का साथ सुहासिनी, सुमन, तेजस्वी, अन्नू आ गीतांजलि के नाम खास बा.
सबे केहू इन्तजार कर रहल बा कि सुदीप के लिखल कहानी पर बनल ई फिल्म का कमाल करत बिया.
स्रोत : प्रशान्त निशान्त

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..