यूनियन बैंक के हरकत पर चउतरफा थूथू

पंजाब में जालंधर लुधियाना में यूनियन बैंक के शाखा पर बिहार आ यूपी के मजदूरन के हफ्ता में बस एक दिन सेवा दिहल जा रहल काहे कि ओह गरीब मजदूरन का आगमन से बैंक बसाये लागेला आ ओकरा सेंटेड गाहकन के दिक्कत होखेला. यूनियन बैंक के एह हरकत पर चउतरफा थूथू हो रहल बा आ हर दल एह बात के निंदा कइले बा. केहू एकरा के मूलभूत अधिकार के हनन बतावत बा त केहू देशद्रोह. देर साँझ काल्हु बैंक एगो विज्ञप्ति जारी कर के माफी मँगले बा बाकिर ओह माफी के भाषा से इहे लागत बा कि बैंक अबहियों नइखे मानत कि ओकर कदम गलत रहे जवना के कवनो आधार पर सही ना ठहरावल जा सके. बिहार यूपी के सरकारन आ नागरिकन के चाहीं कि यूनियन बैंक से आपन लेन देन बन्द कर देसु आ बिहार यूपी से ओकर शाखा हटा लेबे के कहल जाव जबले बैंक बिना शर्त माफी नइखे माँग लेत. आ दोषी अधिकारियन के दन्ड नइखे दे दिहल जात.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..