सोबराती मियाँ गिरफ्तार
-

राजद के पूर्व सांसद मो॰ शहाबुद्दीन के शूटर दरौली थाना के पतउवाँ गाँव के सोबराती मियां के पुलिस काल्हु समस्तीपुर का सरायरंजन थाना इलाका में गिरफ्तार कर लिहल गइल बा. सोबराती एनिये जमानत पर छूटल रहल हा आ समस्तीपुर जिला में लुका के गाँजा के तस्करी में लागल रहल ह. साथही जेल में बन्द सिवान जिला के रईस खाँ का इशारा पर अपराध करत रहल ह. पूछताथ में सोबराती सकार लिहलसि कि ऊ शहाबुद्दीन आ रईस खाँ का कहला पर अपराध अंजाम देत रहुवे. सोबराती का गाँव वाला घर पर छापा में एगो पिस्तौल, कुछ जिन्दा कारतूस आ सात किलो गाँजा बरामद भइल बा. सोबराती के फेर जेल भेज दिहल गइल बा.

0 Comments

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..