फिल्म प्रचारक समरजीत के सम्मानित कइल गइल

वरिष्ठ आ जानल मानल फिल्म प्रचारक समरजीत के हालही में भइल भोजपुरी सिटी सिने अवार्ड समारोह में सिने गोल्डन जुबिली अवार्ड से सम्मानित कइल गइल. समारोह के मुख्य आयोजक किशन खदरिया शॉल दिहले आ मनोज तिवारी का हाथ से ट्राफी दिहल गइल. भोजपुरी सिनेमा के पचास साल पूरा भइला का अवसर पर ई ओह लोगन के खास सम्मान रहल जे लोग भोजपुरी सिनेमा के बसावे बढ़ावे में आपन योगदान दिहल. पिछला पचीस साल से समरजीत भोजपुरी सिनेमा के प्रचार प्रसार में लागल बाड़न जब एह दुनिया में फिल्म प्रचारकन के ना त कवनो परम्परा रहल ना मौजूदगी.

1 Comment

  1. BABLU MITAWA

    samarjeet ji ko dher shari badhaiya

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।