भोजपुरी फिल्म इण्डस्ट्री न्यूज : एक नजर में (9 जून 2011)
-

रिलीज आ रिलीज के बाद

  • साजन चले ससुराल के बिहार में धमाकेदार रिलीज. निर्माता आलोक कुमार. निर्देशक प्रेमांशु सिंह. मुख्य कलाकार खेसारीलाल यादव, स्मृति सिन्हा वगैरह.
  • हम हईं धर्मयोद्धा मुंबई में शान से रिलीज भइल. निर्माता नारायण सिंह गुड्डू. निर्देशक स्वप्निल मयंकर. मुख्य कलाकार सुदीप पाण्डेय, अविनाथ शाही, प्रिया शर्मा वगैरह.
  • प्राण जाई पर वचन ना जाई जल्दिये रिलीज होखे वाला बा. निर्माता – महिपाल दास गुप्ता. निर्देशक – के॰डी॰. मुख्य कलाकार – रविकिशन, राजीव दिनकर, अक्षरा सिंह वगैरह.
  • विनय आनन्द अभिनीत फिल्म त्रिनेत्र के बिहार में तिसरका सफल सप्ताह. निर्माता प्रतिमा डी मिश्रा. निर्देशक शाद कुमार. मुख्य अभिनेता विनय आनन्द, दिव्या द्विवेदी, पंकज केसरी वगैरह.
  • होत बा जवानी अब जियान ए राजा जी बिहार में तिसरका बम्पर हफ्ता. निर्माता सेवेन स्टार इन्टरटेनमेंट. निर्देशक अरविंद चौबे. मुख्य कलाकार विराज भट्ट, छोटू छलिया, रुबी सिंह वगैरह.
  • बिहार में दुश्मनी के छठवाँ सुपर डुपर हिट सप्ताह. निर्माता दुर्गा प्रसाद, निर्देशक राजकुमार आर पाण्डेय. मुख्य कलाकार दिनेशलाल यादव, विराज भट्ट, पाखी हेगडे, रिंकू घोष वगैरह.

रिलीज से पहिले सेंसर

  • प्यार जिन्दाबाद १२ अगस्त के रिलीज होखी. निर्माता श्रीकाशी. निर्देशक मोहन राव. मुख्य कलाकार पंकज केसरी, सेजल शर्मा, सारा वगैरह.
  • लागी ऐसी लगन के सेंसर बोर्ड से यू सर्टिफिकेट मिल गइल. निर्माता निर्देशक मुमताज हुसैन. मुख्य कलाकार राकेश पाण्डेय, मनोज वर्मा, मानसी पाण्डैय वगैरह.
  • रंगबाज सेंसर सर्टिफिकेट खातिर सेंसर बोर्ड में. निर्माता एएससी डिजिटल. निर्देशक शिवराम यादव. मुख्य कलाकार हैदर काजमी, रानी चटर्जी, सीमा सिंह वगैरह.
  • हमार देवदास सेंसर बोर्ड का लगे गइल. निर्माता उमेश सिंह. निर्देशक किरणकांत वर्मा. मुख्य कलाकार रविकिशन, मोनालिसा, अक्षरा सिंह.
  • लड़ाई ल अँखिया ए लौण्डे राजा सेंसर बोर्ड में चहुँपल. निर्माता निर्देशक रामाकान्त प्रसाद. मुख्य कलाकार पवन सिंह, विराज भट्ट, मोनालिसा वगैरह.

पोस्ट प्रोडक्शन

  • आग के बैकग्राउण्ड म्यूजिक मिक्स कर दिहल गइल. निर्माता . निर्देशक रामाशंकर. मुख्य कलाकार पंकज केसरी, ऋतिका शर्मा, जय यादव वगैरह.
  • एलान के संपादन के काम चलत बा. निर्माता जीतूभाई शाह. निर्देशक गोविन्द दुबे. मुख्य कलाकार मनोज तिवारी, राहुल राज, लवी रोहतगी वगैरह.
  • राम लखन के अंतिम शूटिंग शेड्यूल पूरा हो गइल. निर्माता राजकुमार दहिमा. निर्देशक इकबाल बख्श. मुख्य कलाकार सुशील सिंह, अनारा गुप्ता, सोम यादव वगैरह.
  • मल्ल युद्ध खातिर कुणाल सिंह आपन डबिंग करवले. निर्माता सुनील चौहाम, निर्देशक चाँद मेहता. मुख्य कलाकार रविकिशन, रानी चटर्जी, शुभम तिवारी.
  • अचल रहे सुहाग के संपादन के शुरू भइल. निर्माता सुमीत खान, विकास शर्मा. निर्देशक अभिलाष शर्मा. मुख्य कलाकार विक्रान्त सिंह, ऋचा सोनी, राखी त्रिपाठी वगैरह.
  • केहु हमसे जीत ना पाई के पोस्ट प्रोडक्शन काम शुरु भइल. निर्माता डा॰वजाहत करीम आ डा॰सुरहित करीम. निर्देशक एम आई राज. मुख्य कलाकार रविकिशन, रिंकू घोष, सुशील सिंह वगैरह.
  • फौलाद के डबिंग के काम चल रहल बा. निर्माता रजनीश गुप्ता. निर्देशक फिरोज खान. मुख्य कलाकार रविकिशन, प्रकाश जैस, अबधेश मिश्रा, किरन यादव वगैरह.
  • इंटरनेट पर जारी होखी यादव पान भण्डार के फर्स्ट लुक. निर्माता जीतेश दुबे. निर्देशक अजय कुमार. मुख्य कलाकार मनोज तिवारी, गुंजन पंत, मनोज टाइगर वगैरह.
  • नम्बर वन खलनायक संजय पाण्डेय आ नम्बर वन निर्देशक राजकुमार आर पाण्डेय नउवाँ हाली एक साथ.
  • एलान-ए-जंग के डबिंग के काम शुरु हो गइल बा. निर्माता राजीव गुप्ता. निर्देशक रवि सिन्हा. मुख्य कलाकार विनय आनन्द, विक्रांत सिंह, मोनालिसा वगैरह.
  • ज्वाला मण्डी – एक प्रेम कहानी के डबिंग शुरु भइल. निर्माता राजू सिंह. निर्दशक जगदीश शर्मा. मुख्य कलाकार रविकिशन, रानी चटर्जी, अवधेश मिश्रा वगैरह.
  • निरहुआ मेल के संपादन पूरा होखे जा रहल बा. निर्माता के एस साईं बाबा, निर्देशक जी सुबब्बाराव. मुख्य कलाकार दिनेशलाल यादव, पाखी हेगडे, मनोज टाइगर वगैरह.
  • सईंया ड्राइवर बीबी खलासी के डबिंग पूरा हो गइल. निर्माता अनुज गुप्ता निर्देशक अंजनी कुमार. मुख्य कलाकार कुणाल सिंह, रिंकू घोष, अवधेश मिश्रा वगैरह.
  • औलाद के पोस्ट प्रोडक्शन काम तेजी से चलत बा. निर्माता दिनेश लाल यादव निरहुआ, निर्देशक असलम शेख. मुख्य कलाकार निरहुआ, प्रवेशलाल, पाखी हेगडे, शुभी शर्मा वगैरह.
  • राजा के रानी से प्यार हो गइल के संपादन पुरा होखेवाला बा. निर्माता स्वप्नदीप. निर्देशक शैलेश पाण्डेय आ स्वप्न दीप. मुख्य कलाकार प्रवेशलाल, शुभी शर्मा, मेघा घोष, संजय पाण्डेय वगैरह.
  • हमार लभ स्टोरी के मिक्सिंग के काम पूरा भइल. निर्माता के अभिनव रेड्डी आ सारा शर्मा. निर्देशक जगदीश पाण्डेय. मुख्य कलाकार विक्रान्त आनन्द, सुरभि शुक्ला, एहसान कुरेशी वगैरह.
  • भईया हमार दयावान के डबिंग शुरू भइल. निर्माता हरीश गुप्ता. निर्देशक असलम शेख. मुख्य कलाकार मनोज तिवारी, पाखी हेगडे, रिंकू घोष, मोनालिसा वगैरह.
  • चुन्नु बाबू सिंगापुरी के संपादन पूरा रफ्तार में बा. निर्माता के एस टेंग. निर्देशक मनोज श्रीपति झा. मुख्य कलाकार बीरेन्द्र पाण्डेय, राखी त्रिपाठी, प्रिया शर्मा वगैरह.
  • ससुरो कबो दामाद रहल के संपादन के काम पूरा हो गइल. निर्माता शिवकुमार गुप्ता. निर्देशक शैलेश श्रीवास्तव. मुख्य कलाकार गुड्डू रंगीला, शक्ति कपूर, संगीता तिवारी वगैरह.
  • प्यार हो जाला के पहिला कापी निकले वाला बा. निर्माता सर्वेश सैनी. निर्देशक हीरा सरोज. मुख्य कलाकार सर्वेश सैनी, कोमल ढिल्लन, अवधेश मिश्रा वगैरह.
  • तोहरे बिना भी का जीना के पहिला कापी निकले वाला बा. निर्माता जय प्रकाश यादव. निर्देशक मनोज एस तोमर. मुख्य कलाकार कुणाल सिहं, संजय यादव, अनारा गुप्ता वगैरह.
  • सुगना के पोस्ट प्रोडक्शन काम शुरु भइल. निर्माता निर्देशक अजय ओझा. मुख्य कलाकार आदित्य ओझा, काजल, राजीव दिनकर, कल्पना शाह वगैरह.
  • बागी के के संपादन पुरा हो गइल. निर्माता एआरएस सरकार, शकील खान आ मंसूर आजमी. निर्देशक एआरएस सरकार. मुख्य कलाकार अजय दीक्षित, रानू पाण्डेय, विजय खरे वगैरह.

शूटिंग

  • तुलसी बिन सुना अँगनवा के स्टार्ट टू फिनिश शूटिंग पनवेल में शुरु. निर्माता आर॰बी शर्मा. निर्देशक शैलेश श्रीवास्तव. मुख्य कलाकार विनय आनन्द, मोनालिसा, एस एम जहीर वगैरह.
  • बजरंग में सीमा सिंह के एगो अउरी डांस जोड़ल गइल. निर्माता जीतेन्द्र प्रताप सिंह. निर्देशक नंद किशोर महतो. मुख्य कलाकार पवन सिंह, अक्षरा सिंह, संजय पाण्डेय वगैरह.
  • माई के लाल के शूटिंग जोर शोर से छपरा हाजीपुर, पटना वगैरह लोकेशन पर हो रहल बा. निर्माता मितेन्द्र सिंह आ द्वारिकानाथ जायसवाल. निर्देशक विमल राज. मुख्य कलाकार सुदीप पाण्डेय, मितेन्द्र सिंह, सुगंधा वगैरह.
  • राजीव दिनकर अभिनीत जइसन करनी वइसन भरनी के शूटिंग जल्दिये शुरु होखी. निर्माता पी॰ राकेश. निर्देशक करन लकी. मुख्य कलाकार आदित्य ओझा, काजल राघवानी, राजीव दिनकर वगैरह.

शूटिंग से पहिले

  • सनकी के गाना के रिकार्डिंग जोर शोर से चल रहल बा. निर्माता गुड्डु प्रसाद. निर्देशक धीरज कुमार. संगीतकार गुणवन्त सेन. मुख्य कलाकार योगेन्द्र तिवारी.

(स्रोत – प्रशान्त निशान्त, शशिकान्त सिंह, समरजीत, उदय भगत, व अन्य)

4 Comments

  1. barun kumar

    nirhua ke acting sikhe ke chahi

    Reply
  2. nilesh sharma

    hi……
    pawan singh
    pawan singh aap acting ke chalte gana gana chhod mat dena.
    your friend

    Reply

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts