फिल्म प्रचारक समरजीत के सम्मानित कइल गइल
-

वरिष्ठ आ जानल मानल फिल्म प्रचारक समरजीत के हालही में भइल भोजपुरी सिटी सिने अवार्ड समारोह में सिने गोल्डन जुबिली अवार्ड से सम्मानित कइल गइल. समारोह के मुख्य आयोजक किशन खदरिया शॉल दिहले आ मनोज तिवारी का हाथ से ट्राफी दिहल गइल. भोजपुरी सिनेमा के पचास साल पूरा भइला का अवसर पर ई ओह लोगन के खास सम्मान रहल जे लोग भोजपुरी सिनेमा के बसावे बढ़ावे में आपन योगदान दिहल. पिछला पचीस साल से समरजीत भोजपुरी सिनेमा के प्रचार प्रसार में लागल बाड़न जब एह दुनिया में फिल्म प्रचारकन के ना त कवनो परम्परा रहल ना मौजूदगी.

1 Comment

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts