मोतिहारी बावन बिगहा तालाब के पर्यटक स्थल बनावल जाव

मोतिहारी के बावन बिगहा तालाब के पर्यटक स्थल में विकसित करे के बाति उठावल गइल बा. ओहिजा बौद्ध स्तूपो बा. तालाब अतना बड़हन बा कि झील का तरह लागेला आ ओकरा के पर्यटन स्थल का तरह विकसित कइल जा सकेला. तालाब में नौकायन के सुविधा दिहल जा सकेला. हर साल विदेशी पक्षी बड़हन संख्या में एह तालाब में आश्रय लेलें. पिपरा चौक से महज साढ़े चार किलोमीटर का दूरी पर मौजूद एह तालाब का किनारे एह साल बड़हन संख्या में लोग पिकनिक मनावे चहुँपे त अचरज ना होखे के चाहीं. एहसे ओहिजा के स्थानीय लोग के जमीन के भाव बढ़ जाई आ आमदनियो के इन्तजाम हो जाई.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।