राम मंदिर के दान पर डाका: गोइठा के ढेर में नोटन के गड्डी!
- टीम अंजोरिया

राम मंदिर के दान पर डाका: गोइठा के ढेर में नोटन के गड्डी!

पिछला कई दिन से भगवान श्रीराम जी के मन्दिर के चढ़ावा आ दान के चोरवला के चरचा चल रहल बा। शुरु में त लागल कि समाजवादी नेता अखिलेश यादव एगो राजनीतिक शिगूफा छोड़ले बाड़न जवना से धार्मिक हिन्दुवन के भड़कावल जा सके भाजपा आ ओकरा सरकारन का खिलाफ। काहे कि एही बीच अखिलेश यादव के बेटी सोशल मीडिया का चरचा में रहली। एह चरचा के असलियत जानल वइसने बेवकूफी मानल जाई जइसन अमेठी गेस्ट हाउस घोटाला पर भइल। आ जवन बात सामने आवत बा तवना के सार्वजनिक रूप से जाहिर कइल राजनीतिके ना कानूनिओ आधार पर गलत होखी। ‘रामायण’ में जनमल खामोश सिन्हा के बेटी अगर निकाह कर लिहलसि त केहू के कवनो शिाकायत काहे होखे के चाहीं?

Image created by Gemini for the story on temple fund theft in SriRamMandirAyodhya

से पहिले त सोचनी कि भगवान श्रीराम मन्दिर के दान के चोरी के खबर बस धेयान भटकावे भा जनता के भड़कावे खातिर फइलावाल गइल बा। बाकिर जब धुँआ का पीछे के कुछ लहोको लउके लागल त सोचनी कि अब एह बात के अनदेखी कइल ठीक ना रही। अब त पुलिस आ जाँच एजेन्सिओ लाग गइल बाड़ी सँ एह काम में। त घूस लेत पकड़इला के मामिला घूस देके दबा दीहल जाए के अनेसो गलत ना कहाई। अब आईं चलल जाव एह खबर का चरचा में –

मन्दिर के दान के चोरी के खबर

मन्दिर के दान के चोरी के खबर जब सामने आइल त उत्तरप्रदेश सरकार एह मामिला के गहन जाँच खातिर एगो विशेष जाँच दल (एसआईटी) बना दिहलसि। आरोप बा कि चोरी करीब सात करोड़ के भइल बा बाकिर शुरुआती जाँच में ई करीब बीस तीस लाख के मामिला बतावल जा रहल बा। काहें कि एगो मन्दिर कर्मचारी लवकुश मिश्रा का घरे गोबर का ढेर में लुकावल अलमीरा का भीतर से करीब बारह लाख रुपिया बरामद कइल गइल बा। ओकरा साथे कुछ अउरिओ कर्मचारी जाँच का निशाना पर बाड़ें।

सीसीटीवी के आठ महीना के फूटेज गायब

बतावल जात बा कि पन्द्रह बीस हजार रुपिया महीना के तनखाह पर काम करेवाला कर्मचारी का लगे डेढ़ करोड़ के जमीन आ करीब चालीस लाख दाम के फ्लैट मिलल बा। आ एह अपराध के अउर गंभीर बना देत बा मंदिर के दान गिने वाला कमरा के सीसीटीवी के आठ महीना के फूटेज गायब बा। सफाई दीहल जात बा कि खराब हो गइल रहुवे बाकिर बनल काहे ना, आ सीसीटीवी के बेकार बनवले राखे वाला आदमी के हवे ?

आरोप लगावले वाला लोग के कहना बा कि अतना बड़हन चोरी के मामिला कइसे भइल अगर श्रीराम जन्मभूमि तीर्थ क्षेत्र ट्रस्ट एकर नियमित अंकेक्षण करवावत रहेला। सवाल उठत बा कि अतना दिन ले चलल ई चोरी के पता लागे में अतना देरी काहे भइल?

ट्रस्ट के महासचिव चम्पत राय के कहना

ट्रस्ट के महासचिव चम्पत राय के कहना बा कि दान के नियमित अंकेक्षण होला आ फंड में कवनो बड़हन गड़बड़ी कबहूं नइखे मिलल। आ जब एह मामिला के खुद ट्रस्ट जाँच का हवाले कइलसि। हालांकि एह सफाई से ई मामिला अउर गंभीर लागत बा कि एकरा पीछे जरुर कवनो शातिर षडयन्त्रकारी आ गिरोह संचालक होखी।

देश दुनिया से आवत भक्त दर्शनार्थी त सोचत होखिहें कि ऊ श्रीराम जी के मन्दिर खातिर दान दे रहल बाड़ें बाकी ओह दान पर त कलयुगी विभीषण डाका डाल दिहलें। एह मामिला के राजनीतिक खेला कह के छोड़ल गलते ना आपर‌ाधिक होखी।

आ सरकार के चाहीं कि एह मामिला के पूरा गंभीरता से जाँच करा के एह पापी-अपराध के हर परत उजागर करे आ एह मामिला में शामिल सगरी अपराधियन के, चाहे ओहमें कवनो बड़को नाम होखे, सख्त सजा दीहल जाव। अइसनका पापियन के त चौराहा पर फाँसी लगा देबे के चाहीं, भा गोली मार देबे के चाहीं। एह अपराधियन के सगरी संपति जब्त कर के बुलडोज कर देबे के चाहीं।

 

0 Comments

Recent Posts