Tag: बक्सर

एक महीना भितरे तिसरका बेर बढ़ली गंगा

पिछला एक महीना का बीच गंगा नदी तिसरका बेर उफना गइल बाड़ी जवना से बक्सर में मल्लह चकिया आ चौसा के गंगा पंप नहरो पर पड़ल बा. एह बाढ़ से ठोरा नदी के किनारे बसल मल्लहचकिया के अलावे करहंसी आ छोटका नुआंव पंचायत के बहुते गाँव बेहाल हो गइल...

Read More

बक्सर जेल से भागलपुर जेल भेजल गइल चंदन आ शेरू के

बक्सर सेन्ट्रल जेल में बंद अपराधी चंदन मिश्रा ओंकांरनाथ सिंह शेरू के शुक का दिने भागलपुर जेल भेज दिहल गइल. एह ट्रांसफर के कारण इ तहल कि जेल में बंद होखला का बावजूद ई अपराधी जेले से अपराध करावत...

Read More

चौसा मोहनिया रोड पर दू हाथ पानी

गंगा के पानी में फेर उफान अइला का चलते चौसा मोहनिया सड़क पर पानी बहे लागल बा. एह पानी के ऊँचाई कहीं कहीं दू हाथ ले बा.रामरेखा घाट के सीढ़ी पानी में डूब गइल बाड़ी सँ. कई इलाकन में बाढ़ के पानी फेरु पसर गइल बा. पिछला दिने पानी कम...

Read More

तेरह घंटा ले गायब रहल बक्सर से बिजली

इटाढ़ी सब ग्रिड का लगे 33 हजार वोल्ट का लाइन में खराबी अइला का चलते काल्हु तेरह घंटा ले बक्सर का शहरी आ गँवई इलाकन में बिजली गायब रहल. पानी में जा के लाइन ठीक करे में घंटन लाग गइल तब जा के बिजली...

Read More

बक्सर के रामपुर में जमीन के झगड़ा में एक आदमी के मौत

बक्सर के रामपुर में आजु दू गो गुट में जमीन ले के झगड़ा हो गइल. एह झगड़ा में फायरिंगो भइल आ एक आदमी के मौत हो गइल. एह घटना का बाद नाराज लोग पुलिसो पर ढेलाबाजी कइल जवना से तीन गो सिपाही घवाहिल हो...

Read More

Recent Posts