अरविन्द अकेला ‘कल्लूजी’ के दीवाना हो गइले दर्शक
-

Kallu-popular
ईद पर रिलीज भइल भोजपुरी सिनेस्टार अरविन्द अकेला ‘कल्लूजी’ के ‘दिवानगी हद से’ फिलिम के दर्शक बहुते पसंद कइले बाड़न. एकरा प्रमोशन में कल्लू अपना पूरा टीम, निर्देशक दिनेश यादव, मनोज टाईगर, राकेश मिश्रा, आ प्रियंका पंडित संगे जहँवे जात बाड़े हर जगहा लोग कल्लू के एक झलक देखे ला उमड़ पड़त बा. परिणाम होता कि सिनेमा हाल के बाहर हॉउसफुल के बोर्ड लटक जात बा.

क्लासिक फिल्मस के बैनर आ निर्माता कांती पी मारू ‘गीजू भाई’ के एह फिलिम ‘दिवानगी हद से’ में अरविन्द अकेला ‘कल्लू’ रोमांटिक आ चाकलेटी लवर ब्वाय के किरदार में बाड़न. कल्लू के जबरदस्त एक्शन आ रोमांटिक सीन दर्शकन के खूबे भावत बा. दिनेश यादव के उम्दा निर्देशन फिलिम के जानदार बना दिहले बा.


(रामचंद्र यादव)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts