आठ गो धुरंधर चुनौती दीहें बाचल चार जने के
-

महुआ टीवी के संगीत रियलिटी शो “नहले पे दहला” के आजु शनिचर का दिने देखावल जा रहल एपिसोड में आठ गो धुरंधर वाइल्ड कार्ड का सहारे आइल बाड़न जे पहिले से जीतत आइल चार जने के चुनौती दीहें. एह आठ गो पपलू धुरधर में से एगो लड़िका आ एगो लड़िकी के चुनल मुश्किल जान के जज पवन सिंह आ कल्पना मंच छोड़ दीहें. देखल बनी कि तब के आ कइसे चुनी दू गो पपलू प्रतिभागियन के. आजु का एपिसोड में परदा का पीछे रहे वाला लोग आपन फरमाइश दी आ प्रतिभागी ओही फरमाइश पर गइहें. साउण्ड इंजीनियर का फरमाइश पर ईब्रा गइहें “प्यार का जोग दिल को” त मेकअप मैन का डिमांड पर विकास गइहें “काहें जलेबी के तरसेलू..”. कास्ट्यूम वालन का कहला पर ईला “पी कहाँ” गइहें त सिनेमेटोग्राफरन का कहला पर वार्षिकेय के गाना रही “बसंती चमन में”. सुरभि के गाना “ताकते रहते तुझको साँझ सबेरे” आ रणबीर के गाना रही “आटा साने गइलू”.
एह एपिसोड के प्रसारण आजु रात आठ बजे से होखी.


(स्रोत – प्रशान्त-निशान्त)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts