एगो जाबांज सैनिक के कहानी बा फौजी में : दीपा नारायण
-


दीपा नारायण भोजपुरी सिनेमा के महिला निर्माता हई आ अपना फिल्म “कब होई गवनवा हमार” खातिर राष्ट्रीय पुरस्कार जीत चुकल बाड़ी. दीपानाराण “कब कहब तू आई लव यू”, “ई रिश्ता अनमोल बा”, “कानून हमरा मुट्ठी में, आ “तू बबुआ हमार” जइसन सफल आ हिट फिल्म बना चुकल बाड़ी. अब उनुकर एगो नया फिल्म “फौजी” रिलीज होखे जा रहल बा जवना के नायक बाड़े भोजपुरी सिनेमा के “मर्द” अभिनेता शिवम तिवारी. कहली कि एह फिल्म में फौजी जीवन के बहुते अनछुवल पहलू देखावल गइल बा. कइसे एगो फौजी सरहद पर दुश्मन से लड़े का साथ साथ देश में खोखड़ हो चुकल व्यवस्थो से लड़े के पड़त बा ओकरा. फौजी के संगीत राज सेन आ आरपी ठाकुर के, नृत्य निर्देशन ओमी के आ कैमरा जगमिंदन हुन्डाल के बा. फिल्म् में शिवम तिवारी आ रानी चटर्जी का साथ विनय बिहारी, मनोज टाइगर, प्रिया शर्मा, सुधीर दलवी, दीपक भाटिया, समीर शेख आ संजय श्रीवास्तव बाड़े. सुदीप पाण्डे एगो मेहमान भूमिका में शामिल बाड़न. अपना बारे में बतावत दीपा नारायण कहली कि सिनेमा बनावल आ गीत गावल दीपा नारायण के पैशन ह आ अबले ऊ नाहियो त अठारह भाषा में गा चुकल बाड़ी. कहली कि अगर मौका मिलल त अतने भाषा में सिनेमो बनावे के कोशिश करीहें.


(स्रोत – समरजीत)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts