पूनम दूबे के प्यार हो गइल
-

PyarKiyatoDarnaKya-poster
भोजपुरी सिनेमा के नइकी सनसनी पूनम दूबे के अपना फिलिम ‘प्यार किया तो डरना क्या’ के पहिला झलक से प्यार हो गइल बा. पिछला दिने जब ई पहिला झलक जारी भइल त नायक राकेश मिश्रा आ नायिका पूनम दूबे के तमाम फैन्स इन्टरनेट प बधाई दिहले.

एही में एगो फैन पूनम दुबे से पूछलसि का कबो आपके प्यार भइल बा त बिंदास पूनम दूबे जबाब लिखली कि हँ, हमरा प्यार भइल बा आ अपने फिलिम ‘प्यार किया तो डरना क्या’ से. लिखली कि एकर पहिला झलक त जालिम हमरा के आह भरे ला मजबूर करत बा.

कुछ दिन पहिले पूनम दूबे सुपर स्टार खेसारी लाल यादव संगे ‘जो जीता वही सिकंदर’ के शूटिंग पूरा कइले बाड़ी.

‘प्यार किया तो डरना क्या’ के फिल्म फाईनेंसर दुर्गा प्रसाद मजूमदार, भोजपुरी सिटी के किसन खदरिया आ मशहूर निर्माता निर्देशक रमाकांत प्रसाद बनावत बाड़े. शूटिंग नेपाल में भइल. मुख्य कलाकारन में राकेश मिश्रा, काजल राधानी आ पुनम दूबे बाड़ी. संगीत बावे दुर्गा नटराज के.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts