भीमराव अम्बेडकर राज्यसभा ला परचा दाखिस कइलन
-


लखनऊ 07 मार्च (वार्ता). उत्तर प्रदेश से राज्यसभा खातिर बसपा के उम्मीदवार भीमराव अम्बेडकर आजु आपन परचा दाखिल क दीहलन.

राज्यसभा चुनाव ला यूपी से पहिलका परचा दाखिल करे वाला भीमराव अम्बेडकर आजु चुनाव अधिकारी आ विधानसभा के प्रमुख सचिवो प्रदीप दुबे का सोछा आपन परचा पेश कइलन. एह मौका पर उनुका साथे पार्टी के बड़का नेता सतीश चन्द्र मिश्र, प्रदेश अध्यक्ष राम अचल राजभर आ बसपा विधानमण्डल दल के नेता लालजी वर्मा मौजूद रहलें.

औरैया जिला के लखना विधानसभा सीट से 2007 में चुनाव जीते वाला भीमराव अम्बेडकर बसपा के जमीनी कार्यकर्ता मानल जालें. पहिले कहल जात रहुवे कि हो सकेला कि मायावती अपना भाई आनन्द कुमार के राज्यसभा भेजीहें बाकिर एह चरचा पर आब विराम लाग गइल.

चुनाव जीते ला उनुका 37 गो भोट चाहीं. बसपा का लगे आपन 19 गो भोट बा आ सपा से दस भोट पावे ला बसपा लोकसभा उपचुनाव में सपा के समर्थन दिहले बिया. ओकरा इहो इमाद बा कि कांग्रेस के सात गो आ राष्ट्रीय लोकदल के अकेला भोटो ओकरा मिल जाई. ई सगरी भोट मिल जाव त अम्बेदकर जीत जइहें.

सपा का लगो 47 विधायक बाड़ें आ ऊ आपन एके गो उमीदवार जीता सकेले. सपा जया बच्चन के दुबारा राज्यसभा के टिकट दे दिहले बिया. जया बच्चन के नाम के एलान का साथही नरेश अग्रवाल के फेरु राज्यसभा सांसद बने के सपना टूट गइल बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts